इस्टेट्स जनरल (फ्रांस)
1302 से 1789 तक फ्रांस में बिना चुनाव वाली तीन-सदनी संसद / From Wikipedia, the free encyclopedia
फ्रांस में आसियाँ रेजिम के तहत इस्टेट्स जनरल (अंग्रेजी: Estates General, फ्रेंच: États généraux) चाहे स्टेट्स-जनरल (States-General) फ्रांसीसी बिसय (फ्रांसीसी लोगन के मंडली) सभ के अलग-अलग वर्ग (भा इस्टेट) सभ के बिधायी आ सलाह देवे वाली सभा रहल। ई आधुनिक संसद के लोकसभा भा आम सभा से मिलत जुलत असेंबली रहल जे जनता के बेसी ब्यापक रूप से प्रतिनिधित्व करे। एकरे तीनों बिसय भा इस्टेट (क्लर्जी - धार्मिक अगुआ, नोबिलिटी - ऊँच भा कुलीन वर्ग, आ कॉमनर्स - आम लोग) में से हर एक खातिर अलग-अलग सभा (असेंबली) रहे, जिनहन के राजा बोलावें (आहूत करें) आ समापन (अवसान) करें। एकरे लगे अपना हिसाब से कौनों सच्चा सत्ता ना रहल काहें से कि अंग्रेजी संसद के बिपरीत एकरा के शाही टैक्स भा कानून के मंजूरी देवे के जरूरत ना रहे। ई राजा के सलाहकार बॉडी के रूप में काम कइलस, मुख्य रूप से एकर काम बिबिध इस्टेट्स सभ के ओर से याचिका (पेटिशन) पेश कइल आ राजकोषीय नीति पर राजा के सलाह दिहल रहल।
1789 के इस्टेट्स जनरल के फ्रांसीसी आ यूरोप (आ बिस्व) के इतिहास में खास अस्थान हवे।
आधुनिक राजनीति में वामपंथी आ दक्खिनपंथी शब्दावली के उत्पत्ती एही सभा में बइठे वाला लोगन के सिस्टम के इतिहासिकता से आइल हवे।
ई इतिहास-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |