From Wikipedia, the free encyclopedia
कुंडली (जनमपत्री भा जन्मांग, अंग्रेजी: Horoscope) कौनों समय पर आकास में सुरुज, चंद्रमा, ग्रह वगैरह के पोजीशन के बिबरन देखावे वाला चित्र भा चार्ट होला, खास तौर से ई केहू के जनम के समय के आकासीय स्थिति खातिर बनावल जाला जवना से की ओह ब्यक्ति के जिनगी के घटना सभ के बारे में अनुमान लगावल जा सके। जनम कुंडली के अलावा, साल अनुसार फल बतावे खाती वर्ष कुंडली वगैरह भी बनावल जाला।
कुंडली में आकाश के बाहर हिस्सा में बाँट के, हर हिस्सा के अलग-अलग खाना में चित्रित कइल जाला आ ओह हिस्सा में मौजूद ग्रह (भारतीय ज्योतिष में एह में सुरुज, चंद्र आ राहु-केतु के सामिल कइल जाला जे वर्तमान परिभाषा अनुसार ग्रह ना हवें) के स्थिति देखावल जाला।
कुंडली के रचना, फलित ज्योतिष के सिद्धांत अनुसार फलादेश (फल बिबेचल) करे खाती कइल जाला हालाँकि, फलित ज्योतिष के बिज्ञान (साइंस) ना मानल जाला आ एकरा आधार पर सही फल बतावल जा सके अइसना चीज के कौनो साइंटिफिक परमाण नइखे खोजल जा सकल।[1][2][3][4][5]:1350 आधुनिक साइंटिफिक चिंतनफलक में, अइसन कौनों मालुम संबंध नइखे खोजल जा सकल जेकरे आधार पर ई मानल जाय की केहू ब्यक्ति के जनमले के समय आकास में ग्रह वगैरह के स्थिति से ओकरे जिनगी पर कौनों परभाव पड़त होखे।[6][7] जेतना भी टेस्ट अबले कइल गइल बाने, अध्ययन के बिसय के रूप में बीछल लोगन के कंट्रोल ग्रुप बना के अध्ययन कइल गइल बा, आ एह बात के कौनों सबूत नइखे मिलल की जिनगी के घटना आ कुंडली के फलादेस के बीच में बाई चांस समानता होखे से ज्यादा कुछ होखे के संभावना बा।[8][9]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.