ग्रान चाको
दक्खिन अमेरिका में एगो अध-सूखल रेगिस्तानी प्राकृतिक प्रदेश / From Wikipedia, the free encyclopedia
ग्रान चाको (अंग्रेजी: Gran Chaco) चाहे सूखल चाको (Dry Chaco) दक्खिन अमेरिका के एगो प्राकृतिक प्रदेश बाटे। दक्खिन अमेरिका के लगभग बीचोबीच, एकर बिस्तार रियो डी ला प्लाटा नदी के बेसिन में बाटे आ ई अध-सूखल रेगिस्तान (सेमी-एरिड) नियर इलाका हवे जहाँ गरम जलवायु आ बहुत कम आबादी पावल जाले। राजनीतिक रूप से देखल जाय तब एकर ज्यादातर हिस्सा उत्तरी अर्जेंटीना आ पच्छिमी पराग्वे में पड़े ला; एकरे अलावा पूरबी बोलीविया आ ब्राजील के मातो ग्रासो आ मातो ग्रासो दू सुल राज्यन के हिस्सन पर एह प्राकृतिक प्रदेश के बिस्तार बाटे। ई बिचला एंडीज के पूरुब में पड़े वाला निचाई वाला मैदानी हिस्सा (लोलैंड प्लेन) हवे जेकरा के कभी-काल्ह चाको मैदान भी कहल जाला।
Quick Facts ग्रान चाको ड्राई चाको, Ecology ...
ग्रान चाको ड्राई चाको | |
---|---|
Ecology | |
Realm | नियोट्रॉपिकल |
Biome | उष्णकटिबंधी आ उपोष्णकटिबंधी सूखा चाकरपतई बन |
Borders | लिस्ट
|
Geography | |
Area | 786,791 किमी2 (303,782 वर्ग मील) |
Countries | पराग्वे, बोलीविया, अर्जेंटाइना, अउर ब्राजील |
Conservation | |
Protected | 176,715 km² (22%)[1] |
Close