फ्री सॉफ्टवेयर
आजादी से रन करावे, अध्ययन करे, बदलाव करे आ बाँटे खातिर उपलब्ध कंप्यूटर सॉफ्टवेयर / From Wikipedia, the free encyclopedia
फ़्री सॉफ्टवेयर (अंग्रेजी: free software; अरथ: मुफ्त सॉफ्टवेयर) फ्री सॉफ्टवेयर, लीब्र सॉफ्टवेयर, या लीब्रवेयर[1][2] अइसन कंप्यूटर सॉफ्टवेयर होखे लें जे अइसन शर्तन के तहत बितरित कइल जालें जेह में प्रयोगकर्ता लोग के सॉफ्टवेयर के कौनों भी मकसद से चलावे के साथे-साथ एकर आ कौनहूँ अनुकूलित संस्करण के अध्ययन, बदलाव आ बितरित करे के पूरा इजाजत मिले ला।[3][4][5][6] मुफ्त सॉफ्टवेयर एक तरह से मुख्य रूप से आजादी (लिबर्टी) के बात हवे, दाम भा कीमत के ना; सभ प्रयोगकर्ता लोग कानूनी रूप से मुक्त सॉफ्टवेयर के कॉपी (जवना में ओह लोग से मुनाफा कमाए के काम भी सामिल बा) के साथ ऊ करे के आज़ाद बा चाहे ऊ प्रोग्राम हासिल करे खातिर केतना भी पइसा दिहल जाय।[7][2] कंप्यूटर प्रोग्राम सभ के "फ्री" मानल जाला अगर ई अंतिम प्रयोगकर्ता लोग (केवल डेवलपर के ना) के सॉफ्टवेयर पर आ एकरे बाद उनके डिवाइस सभ पर अंतिम कंट्रोल देला।[5]