यूनाइटेड किंगडम यूरोपियन यूनियन सदस्यता रायशुमारी(United Kingdom European Union membership referendum), जवना के यूनाइटेड किंगडम में ईयू रिफरेंडम के नाँव से भी जानल गइल, एगो गैर-बाध्यकारी[1]रायशुमारी रहल जवन मंगलवार, 23 जून 2016 के यूके आ जिब्राल्टर में [2][3] ई जाने खातिर भइल कि देस के केतना लोग यूरोपियन यूनियन में शामिल रहल जारी रखले के पक्ष में बाटे। एह रायशुमारी के रिजल्ट ईयू के छोड़ देवे के पक्ष में रहल, जवना खातिर 51.9% वोट मिलल आ 48.1% वोट ना छोड़े के पक्ष में रहल।[4][5][6][7] वोट के परिणाम यूनाइटेड किंगडम के देसवन में बिभाजित रूप से रहल आ जहाँ इंग्लैंड आ वेल्स ईयू के छोड़े के पक्ष में मतदान कइलें ओहीजा स्कॉटलैंड आ उत्तरी आयरलैंड के लोग के बहुमत शामिल रहे के पक्ष में रहल।[8]
यूनाइटेड के यूरोपियन यूनियन के सदस्य रहे के चाहीं कि यूरोपियन यूनियन छोड़ देवे के चाहीं?[नोट 1]
Location
यूनाइटेड किंगडम आ जिब्राल्टर
Date
23 जून 2016
Results
Votes
%
छोड़ल
17,410,742
7001518900000000000♠51.89%
रहल
16,141,241
7001481100000000000♠48.11%
Valid votes
33,551,983
7001999200000000000♠99.92%
Invalid or blank votes
25,359
6998800000000000000♠0.08%
Total votes
33,577,342
100.00%
Registered voters/turnout
46,501,241
7001722109999999999♠72.21%
Results by वोट क्षेत्र
छोड़ल — रहल
नक्सा पर, गहिरा रंग ढेर वोट के अंतर देखावत बाटे
Close
1973 में ईईसी भा कॉमन मार्केट, जवन बाद में यूरोपियन यूनियन के नाँव से जान गइल, से जुड़े से पहिलहीं से ई बात यूनाइटेड किंगडम में बिबाद के बिसय रहल बाटे कि यूनाइटेड किंगडम के यूरोपीय यूनियन में शामिल होखे के चाहीं कि ना। ई पहिली रायशुमारी ना रहल बलुक एकरा पहिले 1975 में भी एक बेर एही मुद्दा पर रायशुमारी हो चुकल बाटे आ ओह समय 67% वोटर लोग शामिल रहे के समर्थन कइले रहल।[9]