रिफ्ट घाटी झील
From Wikipedia, the free encyclopedia
रिफ्ट घाटी झील (अंग्रेजी: Rift Valley lakes) अफिरका महादीप में मौजूद बिसाल रिफ्ट घाटी सिस्टम में मौजूद झील सभ के सामूहिक रूप से कहल जाला। उत्तर में इथियोपिया से दक्खिन में मलावी ले, अफिरका महादीप के पूरबी हिस्सा में फइलल ई झील सभ में कुछ दुनिया के सभसे पुरान आ गहिरी झील में गिनल जा सके लायक झील बाड़ी। इहाँ, एह झीलन में खास किसिम के इकोक्षेत्र के बिकास भइल बा आ ई पर्यावरण आ जीवबिबिधता के नजरिया से बहुत महत्व वाली चीज बाड़ी कुल।
वल्ड वाइल्ड फंड एह झील सभ के "ग्लोबल 200" महत्वपूर्ण इकोक्षेत्र सभ में स्थान दिहले बाटे।[1]