समुंद्र बिज्ञान के रूपरेखा
From Wikipedia, the free encyclopedia
ई लेख समुंद्र बिज्ञान के रूपरेखा खातिर बा। एहिजा समुंद्र बिज्ञान से संबंधित बिबिध लेख सभ के कड़ी आ संछेप में बिबरन आ वर्गीकरण दिहल गइल बाटे।
समुंद्र बिज्ञान (Oceanography) पृथ्वी बिज्ञान सभ के हिस्सा हवे आ भूगोल से के उपशाखा भी मानल जाला। एह बिसय में समुंद्र (महासागर आ सागर) सभ के बिबिध चीज के अध्ययन होला। समुंद्र के तली के ऊँचाई-निचाई, थलरूप, टेक्टॉनिक गति; समुंदरी पानी के खारापन, घनत्व, तापमान; पानी के सर्कुलेशन जेह में तरंग से ले के ज्वारभाटा आ समुंद्री धारा सामिल बा; समुंद्री निक्षेप (डिपाजिट); समुंद्री संसाधन वगैरह के अध्ययन शामिल बा।
एकरे शाखा सभ में भौतिक समुंद्र बिज्ञान, रासायनिक समुंद्र बिज्ञान वगैरह मुख्य बा।