काठमांडो
नेपाल के राजधानी आ सबसे बड़ शहर / From Wikipedia, the free encyclopedia
काठमांडो हिमालयी देस नेपाल के राजधानी आ इहाँ के सभसे बड़ सहर हवे। ई हिमालय क्षेत्र में भी सभसे बड़हन सहर हवे आ इहाँ के कुल जनसंख्या लगभग 20 लाख बा आ अगर काठमांडो घाटी में मौजूद अन्य उपनगर सभ के शामिल कइल जाय तब जनसंख्या 60 लाख बाटे; एह में ललितपुर, कीर्तिपुर, मध्यपुर थीमी आ भक्तपुर नियर कस्बा सामिल कइल जालें।
काठमांडो | |
---|---|
काठमाडौं महानगरपालिका | |
Mottoes: जिगु पौरख, जिगु गौरव, जिगु येँ देय् | |
Coordinates: 27°42′41″N 85°18′31″E | |
देस | नेपाल |
प्रांत | कोशी प्रदेश |
अंचल | बाघमती अंचल |
जिला | काठमांडो |
Area | |
• मेट्रो | 49.45 किमी2 (19.09 बर्ग मील) |
काठमांडो जिला: 395 वर्ग किलोमीटर काठमांडो घाटी: 642 वर्ग किलोमीटर | |
Elevation | 1,400 m (4,600 ft) |
Population (2011) | |
• Metro | 1,003,285 [1] Male: 533,127 Female: 470,158 |
• Metro density | 20,288.88/किमी2 (52,548.0/बर्ग मील) |
काठमांडो जिला: 1,744,240 काठमांडो घाटी: 2,517,023 | |
भाषा | |
• चलन में | नेपाली, नेपाल भाषा, शेरपा, तमांग आ लिंबू वगैरह |
• ऑफिशियल | नेपाल, नेपाल भाषा |
Time zone | UTC+5:45 (एनएसटी) |
डाक कोड | 44600 (GPO), 44601, 44602, 44604, 44605, 44606, 44608, 44609, 44610, 44611, 44613, 44614, 44615, 44616, 44617, 44618, 44619, 44620, 44621 |
Area code | 01 |
एचडीआई | 0.710 हाई [2] |
साक्षरता | 78% हाई |
Website | ऑफिशियल वेबसाइट |
शहर बिचला नेपाल के कटोरीनुमा काठमांडो घाटी में समुंद्र तल से 1,400 मीटर (4,600 फीट) के ऊँचाई पर बसल बा। घाटी के इतिहासी रूप से "नेपाल सदर" के नाँव से जानल जाला। ई नेवार लोग के मूल अस्थान हवे। काठमांडो, नेपाली राजघराना के राजधानी रहल हवे आ कई गो पबित्र धार्मिक अस्थान एह घाटी में बाड़ें। इहाँ दक्खिन एशियाई देसन के संगठन सार्क के मुख्यालय भी 1985 से अस्थापित बा। वर्तमान में ई शहर, साल 2008 में अस्थापित नेपाली गणराज्य के राजधानी भी बा आ ई नेपाल के प्रशासनिक बिभाजन अनुसार बागमती अंचल आ प्रदेश संख्या 3 के अंतगर्त आवे ला।
पुराना समय से काठमांडो नेपाल के इतिहास, कला, संस्कृति आ अर्थब्यवस्था के केंद्र रहल बा। इहाँ के जनसंख्या भी कई किसिम के जातीयता वाली बा आ धार्मिक आधार पर देखल जाय तऽ हिंदू आ बौद्ध लोग के बहुलता बाटे। धार्मिक आ सांस्कृतिक तिहुआर सभ इहाँ के आम जनजीवन के अभिन्न अंग बाड़ें। शहर के आर्थिक आधार के रूप में पर्यटन के बिसेस महत्व बा। धार्मिक तीर्थ यात्रा के अलावा पहाड़ घूमे आ अन्य एडवेंचर करे खाती भी लोग इहाँ आवे ला आ इहाँ सात गो कसीनों भी बाने। 2015 में आइल भूडोल में शहर के काफी नोकसान भइल रहे। नेपाली आ नेपाल भाषा इहाँ आम चलन में बा आ अंग्रेजी आ हिंदी भी लोग बुझे ला।