ब्लॉग
From Wikipedia, the free encyclopedia
ब्लॉग (अंग्रेजी: blog, मूल शब्द weblog के छोट रूप) अइसन वेबसाइट होला जेह पर कौनों ब्यक्ति अपना इन्ट्रेस्ट के बिसय पर चर्चा-परिचर्चा चाहे जानकारी देवे वाली चीज समय-समय पर लिखे ला आ ई वेबसाइट सभ वल्ड वाइड वेब पर छपे लीं। समय-समय पर, डायरी में दर्ज करे वाला लिखाई नियर, ई लेख सभ के पोस्ट कहल जाला आ ई आमतौर प उल्टा क्रम में देखलाई पड़े लें; मने की नया पोस्ट ब्लॉग के पन्ना पर सभसे ऊपर लउके लें। एह पोस्ट सभ में खाली पाठ (टेक्स्ट) के रूप में लिखल सामग्री हो सके ला हालाँकि, अक्सरहा इनहना में फोटो, बीडियो आ दुसरे वेबसाइट के चाहे अपने ब्लॉग के दुसरे पोस्ट आ पन्ना सभ के लिंक शामिल कइल गइल होला। ब्लॉग लिखे का काम के चाहे एह क्रिया के ब्लॉगिंग कहल जाला। अइसन लिखाई करे वाला लोग के ब्लॉगर कहल जाला।
ब्लॉगिंग के चलन नब्बे के दशक में शुरू भइल आ एह शुरुआती दौर में ब्लॉग सभ के केहू एकही ब्लॉगर के लिखल चीज होखे। बाद में कई-लेखक वाला ब्लॉग (मल्टी-ऑथर ब्लॉग, एम्एबी) के शुरुआत भइल। अब अइसनो ब्लॉग बाड़ें जे कई लेखक लोगन आ संपादक लोग के टीम द्वारा लिखल आ मेंटेन कइल जालें।
ब्लॉग, आपन निजी वेबसाइट बना के लिखल जा सके लें। एकरे अलावा कई गो ब्लॉगिंग वेबसाइट बाड़ी जे ब्लॉग लिखे आ छपावे के प्लेफार्म के रूप में काम करे लीं। इनहन के सदस्यता ले के इनहना पर आपन निजी ब्लॉग लिखल जा सके ला। वर्डप्रेस, ब्लॉगर आ टेक्नोराती नियर कुछ ब्लॉगिंग वेबसाइट सभसे परसिद्ध बाड़ीं। कई गो अइसनो वेबसाइट आ सोशल मीडिया साइट बाड़ीं जिनहन पर सीमित साइज के छोट-छोट पोस्ट कइल जा सके ला; अइसन ब्लॉगिंग के माइक्रोब्लॉगिंग कहल जाला। टंबलर आ ट्विटर अइसने माइक्रोब्लॉगिंग वेबसाइट बाड़ीं। एकरे आलावा फेसबुक आ इंस्टाग्राम नियर सोशल मीडिया प्लेटफार्म पर रेगुलर लिख के पोस्ट करे के भी ब्लॉगिंग में गिनल जा सके ला।