अजोव सागर
पूरबी यूरोप में एगो सागर जे काला सागर से जुड़ल बा / From Wikipedia, the free encyclopedia
अजोव सागर (अंग्रेजी: Sea of Azov) पूरबी यूरोप में एगो सागर बा। ई सागर पूरा तरीका से जमीन से घेराइल बाटे सिवाय लगभग चार किलोमीटर चाकर कर्च के जलजोड़ के, जे एकरा के काला सागर से जोड़े ला। कबो-काल्ह एकरा के काला सागर के उत्तरी बिस्तार मानल जाला।[3][4] एकरा उत्तर-पच्छिम ओर यूक्रेन देस बाटे आ दक्खिन पूरुब में रूस देस बाटे। एह में डॉन नदी आ कुबान नदी आ के गिरे लीं आ एह सागर के पानी लगातार काला सागर में कर्च के जलजोड़ से हो के बहे ला।
Quick Facts Sea of Azov, निर्देशांक ...
Sea of Azov | |
---|---|
निर्देशांक | 46°N 37°E |
प्रकार | सागर |
आगम | डॉन नदी आ कुबान नदी |
निकास | कर्च के जलजोड़ से काला सागर में |
थाला के देस | रूस आ यूक्रेन |
अधिकतम लंबाई | 360 किमी (220 मील)[1] |
अधिकतम चौड़ाई | 180 किमी (110 मील)[1] |
सतह क्षेत्र | 39,000 किमी2 (15,000 वर्ग मील)[1][2] |
औसत गहिराई | 7 मीटर (23 फीट)[1] |
अधिकतम गहिराई | 14 मी (46 फीट)[1] |
आयतन | 290 किमी3 (240×10 |
Close
ई दुनियाँ से सबसे छीछिल सागर हवे जेकर गहिराई बस 0.9 आ 14 मीटर (2 फुट 11 इंच आ 45 फुट 11 इंच)[1][5][6][7][8] बाटे।