आयनमंडल
पृथ्वी के वायुमंडल में एगो लेयर / From Wikipedia, the free encyclopedia
आयनोस्फियर (अंग्रेजी: ionosphere; /aɪˈɒnəˌsfɪər/[1][2]) चाहे आयनमंडल पृथिवी के ऊपरी वायुमंडल के आयोनाइज्ड पार्ट हवे (जेह में गैस के मॉलिक्यूल धन भा ऋण चार्ज के साथे आयन के रूप में पावल जालें), जेकर शुरुआत सतह से 48 किमी (30 मील) के ऊँचाई से 965 किमी (600 मील) के ऊँचाई ले होखे ला, एगो अइसन लेयर जेह में पूरा थर्मोस्फियर, मेसोस्फियर के कुछ हिस्सा आ एक्सोस्फियर के कुछ हिस्सा आवे ला। आयनोस्फियर सुरुज के रेडियेशन से आयोनाइज होखे ला। ई वायुमंडली बिजली में महत्व वाला भूमिका वाला चीज हवे आ पृथ्वी के चुंबकीय मंडल के अंदरूनी किनारा बनावे ला। ई रेडियो सिग्नल के प्रोपेगेशन में सहायक साबित होला जेकरा चलते एकर प्रेक्टिकल उपयोगिता बाटे।