इम्यूनिटी
From Wikipedia, the free encyclopedia
सिस्टम खातिर, इम्यून सिस्टम देखल जाय।
इम्यूनिटी (अंग्रेजी: Immunity) जीव बिज्ञान आ डाक्टरी में, अइसन संतुलन के स्थिति होला जेह में जीव के शरीर के भीतर भरपूर सुरक्षा सिस्टम होखे ला जे इन्फेक्शन, बेमारी आ अउरी कई किसिम के जीवीय हमला सभ से लड़ सके ला जबकि ई सिस्टम ऎतना सहनशीलो जरूर होला कि कौनों चीज से एलर्जी ना पैदा होखे चाहे ऑटोइम्यून बेमारी न होखे। आसान भासा में इम्यून सिस्टम एगो अइसन सिस्टम हवे जे बाहरी आ नोकसानदेह हमला सभ से लड़ के जीव के बचाव करे ला। जब इम्यून सिस्टम कौनों गैर-नोकसानदेह चीज के नोकसानदेह मान के ओहू से लड़े शुरू क देला तब ओह इस्थिति के एलर्जी कहल जाला; जब अपने शरीर के कौनों चीज-पदार्थ के बाहरी आ नोकसानदेह मान के ओकरा बिरोध करे लागे तब अइसन इस्थिति ऑटोइम्यून बेमारी कहाला। एही इम्यून सिस्टम के सही-सही काम करे आ बैलेंस के इस्थिति में रहले के दसा इम्यूनिटी हवे।