![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/b/b0/Openstreetmap_logo.svg/langbh-640px-Openstreetmap_logo.svg.png&w=640&q=50)
ओपनस्ट्रीटमैप
From Wikipedia, the free encyclopedia
ओपनस्ट्रीटमैप संछेप में ओएसएम (OSM) एगो फ्री (मुफ्त आ खुला) भौगोलिक डेटाबेस हवे जे खुला सहजोग के माध्यम से वालंटियर लोग के समुदाय द्वारा अपडेट आ मेंटेन कइल जाला। योगदानकर्ता लोग सर्वे से डेटा एकट्ठा करे ला, हवाई इमेज से ट्रेस करे ला आ अउरियो दूसर आजाद रूप से लाइसेंस वाला जियोडाटा सोर्स सभ से आयातो करे ला। ओपनस्ट्रीटमैप के ओपन डाटाबेस लाइसेंस के तहत स्वतंत्र रूप से लाइसेंस दिहल गइल बा आ एकरे नतीजा के रूप में आमतौर पर एकर इस्तेमाल इलेक्ट्रॉनिक मैप बनावे, टर्न-बाय-टर्न नेविगेशन के जानकारी देवे, मानव इस्तेमाल कर्ता के मदद करे आ डेटा बिजुअलाइजेशन में मदद करे खातिर कइल जाला। ओपनस्ट्रीटमैप भौगोलिक फीचर सभ के स्टोर करे खातिर आपन खुद के टोपोलॉजी के इस्तेमाल करे ला जेकरा के बाद में अन्य जीआईएस फाइल फॉर्मेट सभ में एक्सपोर्ट कइल जा सके ला। ओपनस्ट्रीटमैप वेबसाइट खुदे अपने आप में ऑनलाइन मैप, जियोडाटा सर्च इंजन आ मैप एडिटर तीनों हवे।
![]() | |
![]() ओपनस्ट्रीटमैप के होमपेज जेह में दुनिया के नक्शा देखावल जा रहल बाटे | |
भाषा | 96 languages and variants,[1] local languages for map data |
---|---|
मूल देस | यूनाइटेड किंगडम |
मालिक | ओपनस्ट्रीटमैप फाउंडेशन |
निर्माता | स्टीव कोस्ट |
प्रोडक्ट(सभ) | Editable geographic data, tiled web map layer |
वेबसाइट | www |
कॉमर्शियल | ना |
रजिस्ट्रेशन | योगदान करे खातिर जरूरी, देखें खातिर ना |
प्रयोगकर्ता (यूजर) | 10.6 मिलियन[2] |
लॉन्च भइल | 9 अगस्त 2004; 19 साल पहिले (2004-08-09) [3] |
वर्तमान स्थिति | चालू |
Content license | ओपन डेटाबेस लाइसेंस |