ओस्ट्रो
भूमध्यसागरीय क्षेत्र में दखिनही हवा के नाँव / From Wikipedia, the free encyclopedia
ओस्ट्रो (अंग्रेजी: Ostro) भा औस्त्रो चाहे ऑस्ट्रो (अंग्रेजी: Austro) भूमध्य सागरीय क्षेत्र, आ बिसेस रूप से एड्रियाटिक सागर के इलाका, में दखिनही हवा हवे। ई एह इलाका के लोकल हवा हवे जे दक्खिन ओर से उत्तर दिसा के बहे ले। एकर नाँव लैटिन भाषा के ऑस्टर से आइल हवे जेकर मतलब "दक्खिन दिसा" होखे ला।
More information The winds of the Mediterranean ...
Close
ऑस्ट्रो एगो गरम आ नम हवा हवे; नमी के मौजूदगी के कारन बरखा करे ले। हालाँकि, एकरा के कभी-कभार लिबेसिओ आ सिरोको बूझल जा सके ला। लिबेसिओ चाहे लेबेच दक्खिन-पच्छिम से बहे ले आ सिरोको दक्खिन पूरुब से बहे ले।