कृषि भूगोल
मानव भूगोल के एगो शाखा / From Wikipedia, the free encyclopedia
खेती के भूगोल भा कृषि भूगोल (अंग्रेजी: Agricultural geography, एग्रिकल्चरल ज्याॅग्रफी) मानव भूगोल के अंतर्गत आवे वाली शाखा आर्थिक भूगोल के एगो उपशाखा हउवे। खेती के बैस्विक आ क्षेत्रीय पैटर्न के अध्ययन एकर मुख्य बिसय हवे — बिस्व के बिबिध कृषि प्रकार, कृषि अवस्थिति (लोकेशन), आ कृषि प्रदेश नियर चीज एह शाखा के अंतर्गत पढ़ल जालें। हालाँकि, खेती से जुड़ल उत्पादन के अध्ययन परंपरागत रूप से प्रमुख बा जबकि उपभोग से जुड़ल चीज के अध्ययन पर जोर कम बा।