कैथी
भारत के अवध आ बिहार क्षेत्रन में इस्तेमाल होखे वाली एगो इतिहासी लिखाई / From Wikipedia, the free encyclopedia
ई लेख लिखाई के सिस्टम के बारे मे बा, अन्य अर्थ खातिर, कैथी (बहुअर्थी) देखल जाय।
कैथी, भा कायथी भा कायस्थी, उत्तर भारत में इस्तिमाल होखे वाली एक ठो पुरान लिपि यानि लिखाई के सिस्टम हऽ। बीसवीं सदी के बीच के समय ले ई लिपि मुख्य रूप से पुरनका नॉर्थ-वेस्टर्न प्रोविंस, अवध आ भोजपुरी क्षेत्र में अउरी नेपाल के मधेस क्षेत्र में प्रयोग होखे। एह लिपि में कानूनी दस्तावेज, प्रशासनिक कामकाज के ब्यौरा आ निजी दस्तावेज लिखल जायँ।[1] भोजपुरी मुख्य रूप से एही लिपि में लिखल जाय। धीरे-धीरे एह लिपि के चलन बंद हो गइल आ अब ई लगभग समाप्तप्राय बाटे।
Quick Facts कैथी कायथी, कायस्थी, प्रकार ...
कैथी कायथी, कायस्थी | |
---|---|
प्रकार | |
भाषा | अंगिका, अवधी, भोजपुरी, ब्रजभाषा, कैरेबियाई हिंदुस्तानी,फ़िजी हिंदी बज्जिका,मगही,मैथिली, हिंदी, उर्दू |
काल | c. 16वीं–20वीं सदी के मध्य ले |
परिवार | ब्राह्मी
|
बहिन सभ | देवनागरी, नंदनागरी |
लिखे के दिशा | बायें-से-दहिने |
ISO 15924 | Kthi, 317 |
युनिकोड नाँव | Kaithi |
युनिकोड बिस्तार | U+11080–U+110CF |
Close