खारा पानी
From Wikipedia, the free encyclopedia
खारा पानी, खार पानी या समुन्द्री जल (अंग्रेजी: Seawater) पानी के अइसन प्रकार बा जे सागर या महासागर में मिले ला। एह में बिबिध परकार के नून मिलल होलें। दुनिया के सगरी समुंद्र सभ के औसत खारापन 3.5% (35 g/L, या 599 mM) बाटे; एकर मतलब ई की हर एक लीटर समुंदरी पानी में औसतन 35 ग्राम नून पावल जाला। हालाँकि, हर जगह ई एक्के बराबर ना रहे ला आ अलग-अलग समुंद्र में ई कम बेसी मिल सकेला।