From Wikipedia, the free encyclopedia
खासी एगो ऑस्ट्रो एशियाई परिवार के एगो भासा हटे, जे भारत के मेघालय राज्य मे बोलल जाला। हेकर बोलवइया लोग असम आ बांग्लादेशो मे भेंटा जइहन। खासी एगो ऑस्ट्रो एशियाई परिवार के भासा हऽ आ दक्खिन पुरूब एशिया के ख्मेर, पलउँग, वियतनामी आ मोन भासा सभ ले हेकर संबंध बावे।
खासी भासा के सोरह लाख लोग भारत भ मे बोलेला। 2005 मे ई मेघालय के कोनो कोनो जिला के काम काज के भासा बनल रहे आ मई 2012 के बादि से यूनेस्को हेकरा ओराए के खतरा होखे वला भासा सभ के सूची मे से निकार दिहलस।[4] एह भासा के भारत के संविधान के आठम अनूसुचि मे सामिल करे के माँग उठेला।[5]
खासी बोलनीहार लोग बेसी मेघालय के खासी अउरी जैंतिया के परवतन प भेंटालें। असम आ बांग्लादेश मे कम मात्र मे एकर बोलनिहार लोग बा। 2005 से ई मेघालय के दोसरका राजभासा हटे।
खासी के लैटिन आ बंगाली मे लिखल जाला आ पढ़ावत बजी एह दुन्नों लिपियन के परजोग होखेला।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.