तार वाला बाजा From Wikipedia, the free encyclopedia
गिटार एगो तार वाला बाजा हवे। एगो फोंफर बाकस नियर चीज के ऊपर आमतौर प छह गो चाहे बारह गो तार कसल होखे लें जिनहन के ठोकर मारल जाला आ दुसरा हाथ से खाँचा पर तार के दबा के अलग अलग सुर निकालल जाला। ठोकर मारे खातिर अँगुरी चाहे प्लक (बैजंती) के इस्तेमाल कइल जाला। तार मेटल के चाहे नायलोन के हो सके लें। हालाँकि, इतिहासी रूप से ई कैटगट नाँव के धागा सभ से बनावल जायँ जे जानवरन के आँत में पावल जाए वाला नैचुरल फाइबर होला।
आज के जमाना में तीन किसिम के गिटार चलन में बाड़ें: क्लासिकल चाहे स्पैनिश गिटार, हवाइयन गिटार, आ फ्लैट-टॉप गिटार जेकरा के आर्चटॉप चाहे जाज गिटारो कहल जाला।
इलेक्ट्रिक गिटार पहिली बेर 1937 में पेटेंट करावल गइल; एह में पिकप आ एम्प्लीफायर होला आवाज के गूँज पैदा करे वाला बक्सा ना होला बलुक एकरा जगह बिजली के सिग्नल के एम्प्लीफायर पकड़ के आवाज के गूँज पैदा करे ला।
गिटार के इस्तेमाल पच्छिमी संगीत के ढेर सारा बिधा सब में होखे ला।
ई संगीत-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.