गोइँठा
From Wikipedia, the free encyclopedia
गोइँठाचाहे गोंइठा जानवरन के गोबर (गाय या भइँस के मल) में भूसा, भूसी, चाहे सूखल पुआरस वगैरह के मिला के बनावल एगो लवना (ईंधन या जलावन) होला। एकरा के हिंदी में उपला आ अवधी में कंडा के नाम से जानल जाला। पुरा उत्तरी भारत की देहाती इलाका में बनावल जाला।
एही के चापट गोलाई के आकार में बनल रूप के चिपरी चाहे थेपली कहल जाला जेवन हाली से सूखि के जरावे खातिर तइयार हो जाले।