गोमती नदी
भारत के उत्तर प्रदेश में एगो नदी / From Wikipedia, the free encyclopedia
गोमती नदी भारत में गंगा क एगो सहायक नदी बा। ई औड़िहार की लगे गंगाजी में मिलेले आ लखनऊ आ जौनपुर नियर शहर एकरी तीरे बसल बाटें। उत्तर प्रदेश के अधिकतर प्रमुख नदी सभ हिमालय से निकले लीं बाकी गोमती नदी पहाड़ी नदी ना हवे। ई उत्तर प्रदेश के तराई के इलाका में, पीलीभीत जिला में मौजूद गोमतताल नाँव के झील से निकसे ले। सई नदी एकर प्रमुख सहायिका नदी बा। नदी क कुल लंबाई लगभग 900 किलोमीटर बा आ गंगा में मिले के समय ई भरपूर चाकर पाट वाली नदी हो जाले।
गोमती | |
नदी | |
लखनऊ में गोमती नदी | |
देस | भारत |
---|---|
उदगम | गोमत ताल फुलहर झील ग्राम फुलहर |
- लोकेशन | पीलीभीत जिला, बिचला गंगा मैदान |
- ऊँचाई | 200 मी (656 फीट) |
लंबाई | 900 किमी (559 मील) approx. |
जलनिकास | for सैदपुर, गाजीपुर |
- औसत | 234 m3/s (8,264 cu ft/s) |
हिंदू धर्म में एह नदी के महत्व बा आ पुराण में बर्णित कथा सभ के मोताबिक ई वशिष्ठ मुनि के बेटी हई। मानल जाला कि एकादशी के गोमती नदी में नहान करे से पाप के नाश हो जाला। एह नदी में एगो खास किसिम के घुँघुँची मिले ले जेकरा के गोमती चक्र कहल जाला। एकरे दुर्लभ होखे के कारण एकर तांत्रिक पूजा आ टोटका सभ में इस्तेमाल होला।[1]