![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/e/ea/Great_Sandy_Desert%252C_Australia.jpg/640px-Great_Sandy_Desert%252C_Australia.jpg&w=640&q=50)
ग्रेट सैंडी रेगिस्तान
ऑस्ट्रेलिया में एगो रेगिस्तान आ इकोक्षेत्र / From Wikipedia, the free encyclopedia
ग्रेट सैंडी रेगिस्तान ऑस्ट्रेलिया में एगो रेगिस्तान बाटे। ई ऑस्ट्रेलिया के अंतरिम जीवप्रदेश सभ में से एक हवे आ देस के उत्तर-पच्छिम से बिचला इलाका ले बिस्तार लिहले बाटे। एकर जादेतर हिस्सा वेस्टर्न ऑस्ट्रेलिया में पड़े ला कुछ हिस्सा नदर्न टेरिटरी के दक्खिनी पच्छिमी इलाका में पड़े ला। एकर बिस्तार पिल्बारा से दक्खिनी किंबरले क्षेत्रन के ऊपर बाटे।
Great Sandy Desert | |
---|---|
![]() A satellite image of the dunes in the Great Sandy Desert | |
![]() The IBRA bioregions, with the Great Sandy Desert in red | |
Area | 284,993 किमी2 (110,036 वर्ग मील) |
Geography | |
Country | Australia |
State/Territory | Western Australia अउर Northern Territory |
Coordinates | 20°S 125°E / -20; 125 |
ई आस्ट्रेलिया के दुसरा सभसे बड़हन रेगिस्तान हवे, ग्रेट विक्टोरिया रेगिस्तान के बाद, आ 2,84,993 वर्ग किलोमीटर (1,10,036 वर्ग मील) रकबा पर बिस्तार लिहले बाटे। एकरे दक्खिन में गिब्सन रेगिस्तान पड़े ला आ पूरुब में तानामी रेगिस्तान बा।
इहाँ आबादी बहुत कम बाटे आ बीरर बसल बाटे। बरखा बहुत कम होला आ साल के कुछे सीजन में होखे ला। पानी के बास्पीकरण के रेट बहुत जादे होला। इहाँ के खास बनस्पति Triodia हवे जे एह इलाका में सभसे बेसी पावल जाले।