भारत के आजादी आंदोलन के एक्टिविस्ट आ कांग्रेसी From Wikipedia, the free encyclopedia
चित्तू पांडे (10 मई 1895 – 1946), जिनका के लोकप्रिय रूप से "शेर-ए-बलिया" (बलिया के शेर) कहल जाला, एगो भारतीय आजादी के कार्यकर्ता आ क्रांतिकारी रहलें।
पाण्डेय के जनम उत्तर प्रदेश के बलियाँ जिला के एगो गाँव रट्टुचक में एगो भुँइहार परिवार में भइल रहे।
एगो प्रतिष्ठित स्वतंत्रता कार्यकर्ता आ कांग्रेसी नेता[1] के रूप में ई बलियाँ में भारत छोड़ो आंदोलन के नेतृत्व कइलें; जवाहरलाल नेहरू आ सुभास चंद्र बोस द्वारा "बलिया के शेर" के रूप में बतावल गइल,[2] ऊ 19 अगस्त 1942[3] के घोषित आ स्थापित राष्ट्रीय सरकार के कुछ दिन ले नेतृत्व कइलें आ एकरे बाद एकरा के अंगरेज लोग दबा दिहल। समानांतर सरकार कलेक्टर से सत्ता सौंप के सगरी गिरफ्तार कांग्रेसी नेता लोग के रिहा करावे में सफल रहल।[4][5] लेकिन एक हफ्ता के भीतर सैनिक मार्च कइले अउरी नेता लोग के भागे के पड़ल। ऊ अपना के गाँधीवादी कहत रहले। बलियाँ में चित्तू पांडेय के नाम पर भी एगो चौराहा बा।[6]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.