![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/e/e9/Queen_Nagamati_talks_to_her_parrot%252C_Padmavat%252C_c1750.jpg/640px-Queen_Nagamati_talks_to_her_parrot%252C_Padmavat%252C_c1750.jpg&w=640&q=50)
जायसी
From Wikipedia, the free encyclopedia
मलिक मुहम्मद जायसी (निधन लगभग 1542) एगो भारतीय कवी आ सूफी पीर रहलें। जायसी आपन रचना अवधी भाषा में कइलें आ इनके सभसे परसिद्ध रचना पद्मावत नाँव के महाकाव्य हवे। जायसी उपनाँव, उत्तर प्रदेश के जायस कस्बा के निवासी होखे के कारण पड़ल। इनका के हिंदी साहित्य — जेह में अवधी समेत, हिंदी पट्टी के कई भाषा-बोली सभ के ओह जमाना के रचना सामिल कइल जाला, के भक्ति काल के चार गो सभसे प्रमुख कबी लोग में गिनल जाला, बाकी तीन लोग सूरदास, कबीर आ तुलसीदास हवें।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/e/e9/Queen_Nagamati_talks_to_her_parrot%2C_Padmavat%2C_c1750.jpg/320px-Queen_Nagamati_talks_to_her_parrot%2C_Padmavat%2C_c1750.jpg)
बाद में जायसी आपन मूल अस्थान छोड़ के, वर्तमान अमेठिये जिला के एगो दूसरा जगह पर रहे लागल रहलें।