टाइपिंग
टाइपराइटर चाहे कंप्यूटर के कीबोर्ड पर बटन दबा के टेक्स्ट लिखे के काम / From Wikipedia, the free encyclopedia
टाइपिंग (अंग्रेजी: typing) टाइपराइटर, कंप्यूटर कीबोर्ड, मोबाइल फोन चाहे कैलकुलेटर पर बटन, जिनहन के 'की' (key) कहल जाला, दबा के पाठ (टेक्स्ट) लिखे भा इनपुट करे के प्रक्रिया हवे। एकरा के पाठ इनपुट के अन्य साधन सभ से अलग कइल जा सके ला, जइसे कि हैंडराइटिंग आ स्पीच रिकग्निशन से ई अलग तरीका हवे। पाठ अक्षर, संख्या आ अउरी चीन्हा सभ के रूप में हो सके ला। दुनिया के पहिली टाइपिस्ट अमेरिका के विस्कॉन्सिन के लिलियन शोल्स रहली, जे क्रिस्टोफर शोल्स के बेटी रहली, जे पहिला ब्यवहारिक टाइपराइटर के आविष्कार कइले रहलन।
यूजर इंटरफेस के फीचर जइसे कि स्पेल चेकर (हिज्जे जाँचक) आ ऑटोकम्पलीट टाइपिंग के सुविधा बेहतर बनावे आ तेज करे के काम करे ला आ टाइप करे वाला के गलती के कम करे भा सुधारे के काम करे ला।