ट्रांसफार्मर्स सीरीज
From Wikipedia, the free encyclopedia
ट्रांसफार्मर्स फिलिम सीरीज अमेरिकी साइंस फिक्शन फिलिम सभ के एक ठो सीरीज बाटे जे हैशब्रो आ टॉमी नाँव के कंपनी के बनावल खेलवना सभ के ले के गढ़ल गइल कहानी पर आधारित बाटे। एह सीरिज के डाइरेक्टर माइकल बे बाने आ अबले एह सीरीज में ट्रांसफार्मर्स (2007), रिवेंज ऑफ दि फालेन (2009), डार्क ऑफ दि मून (2011) आ एज ऑफ एक्सटिंक्शन (2014) आ चुकल बाड़ी स।[1][2][3] एह सीरीज के अगिला फिलिम, दि लास्ट नाइट 21 जून 2017 के रिलीज होखे वाला बा। माइकल बे के अनुसार ई एह सीरिज के आखिरी फिलिम होखी।
Quick Facts ट्रांसफार्मर्स, डाइरेक्टर ...
ट्रांसफार्मर्स | |
---|---|
![]() फ्रेंचाइज के लोगो (सुरुआती तीन फिलिम में) | |
डाइरेक्टर |
|
संगीतकार |
|
प्रोडक्शन कंपनी सभ |
|
डिस्ट्रीब्यूटर |
|
रिलीज के तारीख | 2007–वर्तमान |
लंबाई (समय) | 760 मिनट (5 फिलिम) |
देस | अमेरिका |
भाषा | अंग्रेजी |
बजट | $1.105 बिलियन |
बॉक्स ऑफिस | $3,773,861,624 |
Close
हालाँकि, एह सीरीज के एक ठो पात्र (करेक्टर) बंबलबी के ले के ट्राविस नाइट नाँव के एनिमेशन फिलिम बनावे वाला डाइरेक्टर के फिलिम साल 2018 में आ एगो छठवीं फिलिम 2019 में आई।
एह सीरीज के डिस्ट्रीब्यूटर पैरामाउंट पिक्चर्स आ ड्रीमवर्क स्टूडियो बाने।