भारत में कंप्यूटर साइंस के एगो बेसिक कोर्स From Wikipedia, the free encyclopedia
ट्रिपल सी (अंग्रेजी: CCC), पूरा नाँव कोर्स ऑन कंप्यूटर कॉन्सेप्ट्स (Course on Computer Concepts) एगो कंप्यूटर कोर्स हवे जे भारत में 'राष्ट्रीय इलेक्ट्रॉनिकी आ इन्फार्मेशन टेक्नालॉजी इंस्टिट्यूट' (NIELIT) द्वारा चलावल जाला। ई कोर्स 2 हप्ता के होला आ आम लोगन खाती इन्फॉर्मेशन टेक्नोलॉजी (IT) के जानकारी देवे खातिर डिजाइन कइल गइल हवे। एह तरीका के आम जानकारी के अलावा एकर उपयोग कंपटीशन एक्जाम सभ में भी बाटे आ कई अइसन नोकरी वाला परीक्षा बाड़ी स जिनहन में ट्रिपल सी पास होखल माँगल जाला।
कोर्स ऑफलाइन आ ऑनलाइन दुनों तरीका से उपलब्ध बाटे आ हर महीना एकर परीक्षा करावल जाला जेह में परीक्षार्थी के 90 मिनट में 100 गो सवालन के जबाब देवे के होला।
कोर्स पूरा कइला के बाद कंप्यूटर के इस्तेमाल से अपना सर्विस/बिजनेस में चिट्ठी-पतरी तइयार करे, इंटरनेट (वेब) पर जानकारी देखे, ईमेल पावे आ भेजे, आपन बिजनेस प्रेजेंटेशन तइयार करे, छोट डाटाबेस तइयार करे नियर चीजन के बेसिक मकसद पूरा करे में सक्षम हो सके ला। ई छोट बिजनेस कम्युनिटी, गृहिणी नियन लोगन के कंप्यूटर के इस्तेमाल से आपन छोट खाता बनावे में मदद करेला आ सूचना प्रौद्योगिकी के दुनिया के आनंद उठावे में सक्षम बनावे ला। एही से ई कोर्स थियरी की बजाय प्रैक्टिकल पर बेसी जोर दे के बनावल गइल हवे।
ई लेख शिक्षा आ पढ़ाई से संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई कंप्यूटर बिज्ञान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.