डिजिटल फोटोग्राफी
From Wikipedia, the free encyclopedia
डिजिटल फोटोग्राफी, फोटोग्राफी क एगो प्रकार ह जवने में फोटो खींचे खातिर इलेक्ट्रॉनिक फोटोडिटेक्टर सरणी युक्त, लेंस की जरिए फोकस करे वाला कैमरा क उपयोग होला, इ पुराना तकनीक की बिल्कुल उलट बा जहाँ फोटो एगो फिल्म पर स्टोर होला। एमें खिंचल फोटो डिजिटल फॉर्मेट में एगो कंप्यूटर फ़ाइल की तौर पर स्टोर कइल जाला जवन आगे की प्रक्रिया जैसे की डिजिटल प्रोसेसिंग, डिजिटल पब्लिशिंग या प्रिंटिंग खातिर तैयार होला।
ए तरह की तकनीक की आगमन तक, तस्वीर प्रकाश की प्रति संवेदनशील फोटो फिल्म और कागज की द्वारा बने, बाद में फोटो के डेवलेप करे खातिर तरल रासायनिक घोल क इस्तेमाल करे के पड़े। डिजिटल तस्वीरन के आम तौर पर कंप्यूटर आधारित फोटोइलेक्ट्रिक और यांत्रिक तकनीक की इस्तेमाल से बनावल जाला, बिना कौनो रासायनिक घोल वाला प्रक्रिया के।
डिजिटल फोटोग्राफी डिजिटल इमेजिंग की कई प्रकार में से एगो ह। एकरी अलावा डिजिटल तस्वीरन के गैर फोटोग्राफिक उपकरण की इस्तेमालो से बनावल जा सकेला, जैसे की कंप्यूटर टोमोग्राफी स्कैनर और रेडियो दूरबीन की उपयोग से। डिजिटल तस्वीरन के अन्य मुद्रित फोटो या फिर निगेटिव क स्कैनिंग क के भी बनावल जा सकेला।
पहिला उपभोक्ता डिजिटल कैमरन क 1990 की दशक में विपणन कइल गइल रहे। पेशेवर धीरे धीरे डिजिटल की तरफ आकर्षित हो गईन स, और उन्हन के एकर लाभ ऐसन समय में मिलल जब नियोक्ता चाहें ग्राहक डिजिटल फाइल्स क माँग करें स, काहें की डिजिटल फ़ाइल पर पारम्परिक तरीका की तुलना में ज्यादा तेज काम होखे।
2007 की शुरुआत में डिजिटल कैमरा सेलफोन में शामिल कइल गइल और बाद की साल में इ पूरी तरह से फ़ैल गइल काहें की इ सोशल मिडिया, ईमेल जैसन सुविधा से जुड़ल रहे।