थेरवाद
From Wikipedia, the free encyclopedia
थेरवाद बौद्ध धर्म के एक ठो शाखा बाटे। ई पालि तिपिटक के मूल ग्रंथ माने ला आ एकर नाँव बुजुर्ग स्थविर (थेर) लोग के उपस्थिति में त्रिपिटक के संकलन भइले के कारण पड़ल।
श्री लंका थेरवाद के प्रमुख केन्द्र हवे काहें से की इहें पहिली बेर तिपिटक के लिखित रूप में संकलन भइल रहे। श्री लंका से ई पूरब के देस, दक्खिन पूर्ब एशिया में फइलल काहें कि एह समय समुंदरी मार्ग से ब्यापार होखे आ लंका एह ब्यापार मार्ग के बीच में पड़े।