ऑस्ट्रेलिया में दक्खिनपूरब इलाका में बहे वाली एगो लोकल हवा आ संबंधित मौसम घटना From Wikipedia, the free encyclopedia
दक्खिनपूर्ब ऑस्ट्रेलियन फॉन (अंग्रेजी: southeast Australian foehn) ऑस्ट्रेलिया में बहे वाली एगो लोकल हवा हवे। ई हवा ग्रेट डिवाइडिंग रेंज से उतरे ले आ न्यू साउथ वेल्स के तटीय मैदान, पूरबी तस्मानिया, आ कभी-काल्ह के पूरबी विक्टोरिया के परभावित करे ले।[1] एकरा के ऑस्ट्रेलियाई फॉन, ग्रेट डिवाइडिंग रेंज फॉन चाहे वेस्टर्ली फॉन (पछुआ फॉन) के नाँव से भी जानल जाला।
फॉन नियन इहो हवा गरम आ नमी बिहीन सूखल होखे ले।[नोट 1] एह हवा के उत्पत्ती एह कारन से होला कि पछुआ हवा सभ ग्रेट डिवाइडिंग रेंज नाँव के पहाड़ के पार करे लीं आ दोसरे साइड के लीवर्ड ढाल पर उतरे ली[2] जेवना चलते ई एडियाबेटिक प्रासेस से गरम हो जालीं आ इनहन के सापेक्षित नमी कम हो जाला।
एकरे नाँव से भरम में ना पड़े के चाहीं, ई ऑस्ट्रेलिया के दक्खिनपूरब में बहे ले एह कारन एकर ई नाँव हवे; खुद ई हवा पछुआ होखे ले।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.