धम्मपद
From Wikipedia, the free encyclopedia
धम्मपद[1] बौद्ध काथा सभ के सइत के लिखल एगो ग्रंथ हऽ जेकरा बौद्ध जाना सभसे बेसि पढ़ेलन लोग। ई बुद्ध के वचन सभ के पद में लिखल ग्रंथ हवे। मूल धम्मपद थेरवाद बौद्ध शाखा के पाली ग्रंथावली के खुद्दक निकाय के हिस्सा हवे।
ई बौद्ध धर्म के सभसे बेसी पढ़ल जाए वाला पद हवें। बौद्ध बिद्वान बुद्धघोष के मानल ई बा कि ई पद सभ में निहित बचन अलग-अलग समय पर बुद्ध द्वारा कहल-बतावल गइलें जब उनके जिनगी आ संघ में बिबिध किसिम के दसा पैदा भइल जहाँ का कइल जाय ई बतावे के जरूरत रहल।