![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/3/36/Panir_Paneer_Indian_cheese_fresh.jpg/640px-Panir_Paneer_Indian_cheese_fresh.jpg&w=640&q=50)
पनीर
From Wikipedia, the free encyclopedia
पनीर दूध के फार के बनावल जाए वाला एगो आइटम हवे जे बिबिध किसिम के पकवान बनावे में इस्तेमाल होला। ई यूरोपियन चीज़ के नियर होखे वाला भारतीय आइटम हवे। एक तरह से ई छेना के लगभग ठोस रूप हवे जबकि छेना मोलायम होला आ एही के दबा के पानी निकाल दिहले के बाद जम जाए पर पनीर बने ला।
Quick Facts दूसर नाँव, किसिम ...
![]() Paneer | |
दूसर नाँव | पनीर, छेना, पोनीर |
---|---|
किसिम | चीज़ |
उत्पत्ती अस्थान | भारतीय उपमहादीप |
मुख्य सामग्री | फारल दूध |
बेसी जानकारी | दूध के प्रोटीन के बेहतरीन स्रोत |
Close
पनीर भारतीय पकवान सभ में कई किसिम के पकवानन में इस्तेमाल होला जेह में बिबिध सब्जी आ करी के आइटम सामिल बाने। मटर पनीर, शाही पनीर, पालक पनीर, कड़ाही पनीर, पनीर बटर मसाला वगैरह एह सब में मुख्य बाने। एकरे अलावे पनीर के पकौड़ा आ परवठा भी बने ला।