ब्यापक दर्शन, बिचारधारा आ सामाजिक आंदोलन जे पर्यावरणी बेहतरी खातिर होखे From Wikipedia, the free encyclopedia
पर्यावरणवाद एक तरह के दर्शन, बिचारधारा आ सामाजिक आंदोलन ह जे पर्यावरण के सुरक्षा खातिर आ एकर मूल रूप बचावे खातिर बा। ई एक तरह के सामाजिक आ पर्यावरणी आंदोलन हवे जवना के तहत पर्यावरणी मुद्दा सभ के साथ निपटे बदे जागरुकता, शिक्षा आ सामाजिक सक्रियता बढ़ावे खातिर काम कइल जाला।[1]
पर्यावरणवाद के बिपरीत एक तरह के एन्टी-पर्यावरणवाद के बिचारधारा भी बा जेकर समर्थक लो एह बात के वकालत करे ला कि पृथ्वी एतना अबर आ भंगुर नइखे, पर्यावरणवादी लोग मनुष्य के परभाव के बढ़ा-चढ़ा के प्रस्तुत करे ला आ मानव के प्रगति में बाधक बन रहल बा।[2]
पर्यावरणवाद एक किसिम के सामाजिक आंदोलन के चिन्हित करे ला जे लॉबीइंग क के, एक्टिविज्म क के, शिक्षा के परचार प्रसार कइ के, राजनीतिक प्रक्रिया के परभावित करे के कोसिस करे ला जवना से कि प्राकृतिक संसाधन सब आ इकोसिस्टम सभ के सुरक्षा-संरक्षा हो सके।
एगो पर्यावरणवादी अइसन ब्यक्ति होखे ला जे प्राकृतिक पर्यावरण के बारे में आ एकरे संसाधन सभ के सस्टेनेबल मैनेजमेंट के बारे में खुल के बोले आ आम जननीति (पब्लिक पालिसी) आ ब्याक्तिगत बेह्वार में एकरे खातिर बदलाव के वकालत करे। अइसन काम में, जागरूक उपभोग, कंजर्वेशन खातिर पहलकदमी, रिन्यूएबल संसाधन सभ में निवेश, एफ़ीशियंसी के बेहतर बनावे, नया एकाउंटिंग पैराडाइम सभ जइसे कि इकोलॉजिकल इकोनामिक्स के बढ़ावा दिहल, गैर-मनुष्य जीवन के साथे आपन कनेक्शन नया तरीका से अस्थापित कइल, संसाधन सभ पर मनुष्य के दबाव के कम कइल, वगैरह चीज सामिल बा।
बिबिध तरीका से (उदाहरण खातिर, जमीनी स्तर पर एक्टिविज्म आ बिरोध-प्रदर्शन), पर्यावरणवादी आ पर्यावरणी संस्था सभ ई कोसिस करे लीं कि मनुष्य संबंधी मामिला सभ में प्राकृतिक दुनिया के बेहतर आवाज मिल सके।[3]
सहज रूप से, पर्यावरणवादी लोग आ पर्यावरणी संस्था सभ संसाधन सभ के सस्टेनेबल मैनेजमेंट, प्राकृतिक पर्यावरण के सुरक्षा (आ अगर जरूरी होखे, रिस्टोरेशन) खातिर कोसिस करे लें, जननीति में आ ब्याक्तिगत बेहवार में बदलाव ले आ के। ई नजरिया मनुष्य के प्राकृतिक इकोसिस्टम में हिस्सेदार माने ला ओकर मालिक ना; अइसन आंदोलन इकोलॉजी, सेहत आ मानवाधिकार पर फोकस करे लें।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.