पहिली बौद्ध संगीति
बौद्ध संगीति / From Wikipedia, the free encyclopedia
पहिली बौद्ध संगीति प्राचीन काल में बौद्ध धर्म के लोग के पहिला सम्मलेन रहे जवन गौतम बुद्ध के महापरिनिर्वाण (मृत्यु) के कुछे समय बाद भइल।[1] एकर मकसद बुद्ध के शिक्षा के सही पालन करे खातिर उनहन के संकलन कइल रहे।
ई संगीति राजगृह (वर्तमान राजगीर, बिहार) में संपन्न भइल आ एकर अध्यक्षता महाकस्सप कइलें। कुछ ग्रंथ एकरा समय बुद्ध के मृत्यु से अगिला साल बतावे लें[2] आ ओह समय मगध के राजा अजातशत्रु रहलें।
एह संगीति में विनयपिटक आ सुत्तपिटक के संकलन कइल गइल।