पेरीग्लेशियर प्रकृया आ थलरूप
ग्लेशियर के आसपास के किनारा के इलाका में भूआकृति प्रक्रिया आ जमीनी रूप / From Wikipedia, the free encyclopedia
पेरीग्लेशियर प्रकृया (अंग्रेजी: periglaciation; हिंदी: परिहिमानी प्रकृया) अइसन भूआकृतिबैज्ञानिक प्रकृया होखे लीं जे ग्लेशियर सभ के किनारे वाला इलाका में घटित होखे लीं आ इनहन के रिजल्ट पेरीग्लेशियल थलरूप (periglacial landform) होखे लें। वर्तमान ग्लेशियर सभ के आसपास के क्षेत्र में अइसन इलाका होखे लें जहाँ जमीन के भीतर कुछ गहिराई पर हमेशा जमल रहे वाली जमीन परमाफ्रास्ट पावल जाले, एह इलाका सभ में ऊपर के जमीनी हिस्सा पर सीजन अनुसार जम जाये आ पघिले के दौरान जमीन पर कई किसिम के बिसेस थलरूप जनम लेलें। अइसन इलाका आमतौर पर पुराना समय में ग्लेशियर से तोपाइल इलाका होखे लें।