प्रियंका चोपड़ा
भारतीय फिलिम ऐक्ट्रेस, मॉडल आ गायिका / From Wikipedia, the free encyclopedia
प्रियंका चोपड़ा (Priyanka Chopra; जनम 18 जुलाई 1982) भारतीय फिलिम अभिनेत्री, गायिका आ मॉडल बाड़ी। प्रियंका सन 2000 के मिस वर्ल्ड भी चुनल गइल रहली। इनकी सफल फ़िल्मी कैरियर की माध्यम से, चोपड़ा बॉलीवुड क सबसे अधिक वेतन पावे वाली अभिनेत्रियन में से एगो हई और भारत में सबसे लोकप्रिय हस्तिन में से एगो बन गइल बाड़ी। उ सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री क एगो राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार और चार श्रेणी में फिल्मफेयर पुरस्कार सहित कई पुरस्कार और नामांकन प्राप्त कइले बाड़ी।
प्रियंका चोपड़ा | |
---|---|
जनम | (1982-07-18) 18 जुलाई 1982 (उमिर 41) जमशेदपुर, बिहार (अब झारखंड) |
राष्ट्रीयता | भारतीय |
पेशा |
|
सक्रियता साल | 2000–वर्तमान |
रिश्तेदार | देखल जाय चोपड़ा परिवार[1] |
वेबसाइट | iampriyankachopra |
प्रियंका क जन्म जमशेदपुर में भइल रहे। लेकिन उ बरेली के आपन असली घर मानेली। उन क माता-पिता भारतीय सेना में चिकित्सक रहे लो। 13 साल की उम्र में उ एगो किशोरी के रूप में अमेरिका में अपनी चाची के साथ कुछ साल रहली। ए दौरान अमरीका की कई स्कूल में उन क पढ़ाई भइल, मेसाचुसेट्स में रहले की दौरान, उ कईगो थिएटर शो में भाग लिहली और वेस्टर्न क्लासिकल संगीत, कोरल सिंगिंग और कत्थक नृत्य सिखली। उ सन 2000 की फेमिना मिस इंडिया प्रतियोगिता क दूसरा विजेता रहली और ओकरी बाद उ मिस इंडिया वर्ल्ड की खिताब खातिर भाग लिहली जहाँ उनके मिस वर्ल्ड क ताज पहनावल गइल। ए सम्मान के प्राप्त करे वाली उ पाँचवां भारतीय हई। आपन स्कूल क पढ़ाई पूरा होखले की बाद उ कॉलेज में नांव लिखवले रहली लेकिन मिस वर्ल्ड बनले की बाद कॉलेज क पढ़ाई छोड़ दिहली।
प्रियंका आपन छोट भाई सिद्धार्थ सहित अपनी परिवार की साथ मजबूत रिश्ता रखले बाड़ी, उ अपनी परिवार की साथ एकही अपार्टमेन्ट की समान मंजिल प रहेली। उ अपनी पिताजी की काफी करीब रहली जिन क देहांत जून 2013 में हो गइल।