From Wikipedia, the free encyclopedia
भूबिज्ञान में, फेल्सिक (अंग्रेजी: Felsic) अइसन आग्नेय चट्टान सभ के कहल जाला जिनहन में क्वार्ट्ज आ फेल्सपार के मात्रा अपेक्षानुसार बेसी आ प्रमुख होखे। जबकि मैफिक चट्टान सभ में मैग्नीशियम आ लोहा (Fe) के मात्रा बेसी होखे ले। एही तरह से लावा आ मैग्मा के भी फेल्सिक-मैफ़िक में बाँटल जाला।
एह तरीका से फेल्सिक अइसन सिलिकेट खनिज, मैग्मा आ चट्टान सभ के कहल जाला जिनहन में हल्लुक तत्व सभ के बहुतायत होखे जइसे की सिलिकन, ऑक्सीजन, एल्मुनियम, सोडियम आ पोटैशियम। फेल्सिक मैग्मा आ लावा के विस्कासिटी मैफिक के तुलना में बेसी होला।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.