बादर कभर
From Wikipedia, the free encyclopedia
बादर कभर (अंग्रेजी: cloud cover) चाहे बदरी (cloudiness) के मात्रा ई बतावे ला की कौनों जगह पर आसमान के केतना हिस्सा बादर सभ से छेकाइल चाहे तोपाइल बा। जमीन पर मौजूद कौनों जगह से देखले पर, अगर उहाँ पूरा बदरी होखे, आसमान ना देख्लाई पड़े ला आ सुरुज के घाम जमीन ले ना पहुँचे ला। बदरी कौनों जगह के मौसम के बारे में बतावे आ भाबिस्यबाणी करे में मददगार होला; ई खाली भर बरखा के दशा बतावे भर के कामे ना आवे ला बलुक ओह जगह के तापमान के भी परभावित करे ला।[1]
बदरी के मात्रा बतावे खातिर ई जाँच कइल जाला कि आसमान के कऽ हिस्सा (अनुपात के रूप में, मने की आधा, चउथाई वगैरह) बादर से छेंकाइल बाटे।[2] एकरा खातिर नापजोख के आम इकाई के ओक्टा (okta) कहल जाला जे हर आठवाँ हिस्सा खातिर नाप के बतावे ला; 0 ओक्टा माने साफ़ आसमान आ 8 ओक्टा माने पूरा तोपाइल आसमान होला।
अगर 0.1 के ऑप्टिकल गहिराई[नोट 1] पर नापल जाय तब बैस्विक बदरी औसत लगभग 0.68 होखे ला। ई वैलू घट जाला (0.56) अगर 2 से बेसी ऑप्टिकल गहिराई पर नापल जाय; अगर सबडिविजिबल सिरस बादर सभे के गणना में ले लिहल जाव तब ई वैलू बढ़ जाला।[3] आसान भाषा में एह अनुमान के बतावल जाय तब, एगो औसत के रूप में, कौनों समय-बिसेस पर पूरा पृथिवी के लगभग 52% हिस्सा बदरी से तोपाइल रहे ला।[4]