From Wikipedia, the free encyclopedia
बिहार भारत के एगो राज्य ह जवन उत्तर भारत में स्थित बा। इ राज्य के पूरब में पछिम बंगाल पड़ेला त,, पछिम में उत्तर प्रदेश बा, दखिन में झारखंड बा त उत्तर में नेपाल स्थित बा।
बिहार में प्रशासन | |
---|---|
सरकार के गद्दी | |
पटना | |
कार्यकारी अधिकारी | |
गवर्नर | फागु चौहान |
बिहार के मुख्यमंत्री | नीतीश कुमार |
विधायी | |
बिहार विधान सभा | |
सभापति | विजय कुमार चौधरी |
सभा में सदस्य कुल | 243 |
बिहार विधान परिषद | |
अध्यक्ष | अवधेश नारायण सिंह |
परिषद में सदस्य कुल | 75 |
न्यायतंत्र | |
पटना उच्च न्यायालय | |
उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश लोग | जस्टिस अमरेश्वर प्रताप शाही |
जिला अदालत | |
पंचायत | |
प्रशासनिक विभाजन | |
बिहार के प्रमंडल सभ | 9 |
बिहार के जिला सभ | 38 |
बिहार के अनुमंडल सभ | 101 |
शहर | 130 |
ब्लॉक | 534 |
पंचायत | 8,406 |
गांव | 45,103 |
पुलिस चौकी | 853 |
Police Districts | 43 |
bihar |
1905 से पहिले बिहार ब्रिटिश ईस्ट इंडिया कम्पनी के बंगाल प्रेसीडेंसी के एगो हिस्सा रहल। 1905 में बंगाल के विभाजन भइल आ दुगो नया प्रदेश सभ के जन्म भइल: पूरबी बंगाल आ पछिमी बंगाल। उ बेरा ले बिहार पछिम बंगाल के हिस्सा रहल। 1911 में पछिम बंगाल आ पूरबी बंगाल फिर से एक हो गइल लेकिन ओहि बेरा बिहार आ उड़ीसा के लोग अपना खातिर अलग राज्य के मांग करे लगले जा जवन धरम के आधार पर ना बल्कि भाषा के आधार पर बने। 1912 में "बिहार आ उड़ीसा" नाम के एगो नया प्रदेश के स्थापना भइल जवन बंगाल प्रेसीडेंसी के पछिमि हिस्सन के अलग कर के बनल रहल। 1936 में, "बिहार आ उड़ीसा" नाम के प्रदेश के तोड़ के दूगो अलग अलग प्रदेश बनल: बिहार आ उड़ीसा।
उ प्रमंडल सभ जवन 1912 में "बिहार आ बंगाल" नाम के प्रदेश बनत समय बंगाल प्रेसीडेंसी से अलग भइल रहल:
1 अप्रैल 1936 के "बिहार आ उड़ीसा" नाम के प्रदेश के दू टुकड़ा भइल आ दुगो नया प्रदेश बनल: 1. बिहार प्रदेश 2.उड़ीसा प्रदेश
1936 में, बिहार नाम के एगो अलग प्रदेश बनल जवना में हाल के झारखंड भी शामिल रहल।
स्वतंत्रता के बाद 1951 में, बिहार (झारखंड सहित) में कुल मिला के 18 गो जिला सभ रहले, आ 1991 में बढ़ के 55 गो जिला हो गइल।
2000 ई० में बिहार राज्य के फिर से विभाजित होखे के पड़ल: हाल के बिहार आ झारखंड। 2001 में बिहार में कुल 38 गो जिला सभ रहे।
बनावट के हिसाब से बिहार प्रमंडल, जिला, प्रखंड, नगर निगम, नगरपालिका (नगर परिषद) आ नगर पंचायत में बंटल बा।
राज्य 9 गो प्रमंडल, 38 गो जिला आ 534 गो प्रखंड (ब्लॉक) में बंटल बा।[1] ई के साथ साथ 12 गो नगर निगम, 49 गो नगर परिषद आ 80 गो नगर पंचायत में भी बंटल बा।[2][3][4][5][6]
भारत | |||||||||||||||||||||||||||||||||||
बिहार | |||||||||||||||||||||||||||||||||||
प्रमंडल | |||||||||||||||||||||||||||||||||||
जिला | |||||||||||||||||||||||||||||||||||
प्रखंड (तहसील) | नगर परिषद (महानगरपालिका) | नगरपालिका | नगर पंचायत | ||||||||||||||||||||||||||||||||
गांव (ग्राम) | वार्ड | ||||||||||||||||||||||||||||||||||
बिहार में कुल मिला के 9 गो प्रमंडल बा:
बिहार में 38 गो जिला सभ बाड़े जवन 9 गो प्रमंडल सभ में वर्गीकृत बाड़े।
बिहार के अनुमंडल उपजिला के तरह बा, एगो जिला एक से अधिक अनुमंडल में बंटल हो सकत बा। बिहार में हाल में 101 अनुमंडल बाड़े।
बिहार 534 गो प्रखंड/तहसील/तालुका/ब्लॉक में बंटल बा जे के सामुदायिक विकास खंड भी बोलल जाले।[7][8]
पटना उच्च न्यायालय बिहार राज्य के उच्च न्यायालय ह। इ न्यायालय के स्थापना 3 फरवरी 1916 में भइल रहल आ बाद में भारत सरकार 1915 के अधिनियम के तहत संबद्ध कर दिहल गइल। इ न्यायालय के मुख्यालय पटना में बा।
22 मार्च 1912 के भारत के गवर्नर जनरल द्वारा उच्च न्यायालय बनावे के घोषणा करल गइल। 1 दिसंबर 1913 के पेनशर्स्ट के महामहिम स्वर्गीय भारत के वाइसराय आ गवर्नर जनरल चार्ल्स हार्डिंगे द्वारा नींव के पत्थर रखल गइल। 3 फरवरी 1916 के पटना उच्च न्यायालय के निर्माण पूरा होखला पर चार्ल्स हार्डिंग द्वारा इ के औपचारिक रूप से खोल दिहल गइल। माननीय श्रीमान न्यायाधीश एडवर्ड मेनार्ड डेस चैंप चेमियर पटना उच्च न्यायालय के पहिलका मुख्य न्यायाधीश रहनी।
इ उच्च न्यायालय 2 गो मुख्य न्यायाधीश दिहले बा: माननीय श्रीमान न्यायाधीश भुवनेश्वर प्रसाद सिन्हा, छट्ठा भारत के मुख्य न्यायाधीश आ माननीय श्रीमान न्यायाधीश ललित मोहन शर्मा, 24 वां भारत के मुख्य न्यायाधीश
माननीय मुख्य न्यायाधीश श्रीमान राजेन्द्र मेनन पटना उच्च न्यायालय के वर्तमान के मुख्य न्यायाधीश बानी। उहां के 15 मार्च 2017 के आपन कार्यालय अधिग्रहण कईनी।[9]
ई खंड खाली बाटे जानकारी जोड़ के विकिपीडिया के मदद करीं। |
बिहार भारत के उ सात राज्य सभ में से एगो ह जहां द्विसदनीय विधान के व्यवस्था बा। द्विसदनीय विधान वाला अन्य दुसर राज्य कुल बाड़े: उत्तर प्रदेश, कर्नाटक, महाराष्ट्र, जम्मू अउर कश्मीर, तेलंगाना आ आंध्र प्रदेश. इ राज्य कुल में विधान परिषद ऊपरी सदन आ विधान सभा निचली सदन के रूप में काम करेला।
बिहार विधान सभा पहिलका बार 1937 में अस्तित्व में आइल। वर्तमान में इ सदन में 243 सदस्य सभ के व्यवस्था बा।
1911 में अलग "बिहार आ उड़ीसा" प्रदेश बनला के बाद, 1912 में अलग अलग वर्ग से नियुक्त 43 सदस्यन के एगो विधान परिषद बनल। परिषद के पाहिलका बैठक 20 जनवरी 1913 के बैठल रहल। 1936 में बिहार उड़ीसा से अलग हो गइल। भारत सरकार अधिनियम 1919 के तहत एकसदनिय विधान द्विसदनीय विधान में बदल गइल।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.