बुद्ध पूर्णिमा
महात्मा बुद्ध के जन्मदिन / From Wikipedia, the free encyclopedia
बुद्ध पूर्णिमा भा बुद्ध जयंती दक्खिन एशिया, मने भारत आ आसपास के इलाका, आ दक्खिन पूरुब एशिया अउरी पूरुब एशिया में प्रमुख रूप से मनावल जाए वाला एगो बौद्ध तिहुआर हवे जे गौतम बुद्ध के जनम के उपलक्ष में मनावल जाला। थेरवादी बौद्ध परंपरा आ नेपाली बिबरन सभ के अनुसार गौतम बुद्ध के जनम 623 ईसा पूर्ब में लुंबिनी में भइल रहल आ लालन-पालन कपिलवस्तु में भइल।
Quick Facts बुद्ध पूर्णिमा, अन्य नाँव ...
बुद्ध पूर्णिमा | |
---|---|
अन्य नाँव | बुद्ध जयंती |
मनावे वाला | बौद्ध लोग आ कुछ हिंदू लोग |
प्रकार | बौद्ध, संस्कृतिक |
महत्त्व | गौतम बुद्ध के जनम दिन के रूप में मनावल जाला। |
समय | क्षेत्र अनुसार बदले ला |
केतना बेर | सालाना |
संबंधित बा | वेसाक |
Close
मानल जाला कि बुद्ध के जनम, ज्ञान प्राप्ति आ निर्वाण (निधन) तीनों बइसाख महीना के पुर्नवासी के भइल रहलें। एही से बइसाख के एह पूर्णिमा के बुद्ध पूर्णिमा के रूप में मनावल जाला। कई देस सभ में एकरा के वेसाक नाँव से भी मनावल जाला, शब्द संस्कृत के वैशाख के बदलल रूप हवे।