भतुआ पाग
भारतीय मिठाई जे भतुआ के चिन्नी के चाशनी में पाग के बनावल जाला / From Wikipedia, the free encyclopedia
भतुआ पाग एक किसिम के मिठाई हवे जे भतुआ के टुक्की सभ के चीनी में पाग के बनावल जाला। साधारन तौर प ई उज्जर रंग के चौकोर आ नरम टुकड़ा होखे लें जिनहन में चिन्नी के चाशनी सोखा के बनावल गइल होला। आमतौर पर ई सूखल होखे लें हालाँकि मौसम में नमी के चलते पसीज के गील हो सके लें चाहे कुछ दसा में ई गील चाशनी वाला बनावले जाला।
Quick Facts दूसर नाँव, खाए के समय ...
केसर पेठा | |
दूसर नाँव | पेठा (हिंदुस्तानी में) |
---|---|
खाए के समय | मिठाई |
उत्पत्ती अस्थान | भारतीय उपमहादीप |
क्षेत्र | उत्तर भारत, बिसेस रूप से आगरा |
जुड़ाव राष्ट्रिय पकवान | भारतीय मिठाई |
आबिस्कार भइल | uncertain |
मुख्य सामग्री | भतुआ, चीनी |
एनर्जी (per हर परोस) | ~250 kcal |
Close
अंग्रेजी के हिसाब से ई एक तरह के कैंडी हवें जिनहन में चिन्नी मुख्य होला; जबकि एकरा के एक तरह के मोरब्बा भी मानल जा सके ला।[1] हिंदी में एकरा के पेठा[2] के नाँव से जानल जाला आ आगरा के पेठा मशहूर हवे।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/8/81/Murabba_made_from_Wax_gourd_.jpg/640px-Murabba_made_from_Wax_gourd_.jpg)