भारतीय संस्कृति
भारत के संस्कृति / From Wikipedia, the free encyclopedia
भारतीय संस्कृति भा भारत के संस्कृति भारत के लोग के जीवन जिए के तरीका हवे। भारत के धर्म, भाषा, डांस, संगीत, भवन निर्माण, खानपान, आ रीति-रिवाज एक इलाका से दुसरा इलाका के बीच बहुत बिबिधता लिहले बा। भारत के ई संस्कृति इहाँ से लाखन बरिस पुरान इतिहास के परिणाम बाटे।[1][2] भारत के एह बिबिधता वाली संस्कृति के, खासतौर पर धर्म आ दर्शन अउरी खानपान के बिबिधता के पुरा दुनिया पर परभाव देखे के मिले ला।[3]
भारत दुनिया की प्राचीनतम सभ्यता और दुनिया में सबसे अधिक आबादी वाले देशन में से एगो ह।[4] भारत क संस्कृति कई चीज़ के मिला-जुला के बनेले, जेमें भारत क लम्बा इतिहास, विलक्षण भूगोल और सिन्धु घाटी क सभ्यता के दौरान बनल और आगे चलकर वैदिक युग में विकसित भइल, बौद्ध धर्म एवं स्वर्ण युग क शुरुआत और ओकरी अस्तगमन की साथ फलल-फूलल आपन खुद क प्राचीन विरासत शामिल बा। एकरी साथे-साथ ही पड़ोसी देशन क रिवाज़, परम्परा और विचारन क भी एमें समावेश बा। पिछला पाँच सहस्राब्दियन से अधिक समय से भारत क रीति-रिवाज़, सब भाषा, प्रथा और परंपरा, एकर एक-दूसरे से परस्पर संबंधन में महान विविधता क एगो अद्वितीय उदाहरण देली स। भारत कई धार्मिक प्रणाली, जैसे कि हिन्दू धर्म, जैन धर्म, बौद्ध धर्म और सिख धर्म क जनक ह। ए मिश्रण से भारत में उत्पन्न भइल विभिन्न धर्म और परम्परा से विश्व क अलग - अलग हिस्सा काफ़ी प्रभावित कइले बा।[5][6]