भारत के राष्ट्रपति लोगन के लिस्ट
पद धारण करे वाला लोगन के लिस्ट / From Wikipedia, the free encyclopedia
भारत के राष्ट्रपति भारत गणराज्य के राष्ट्रपति आ भारतीय सशस्त्र सेना के सर्वोच्च सेनापति होखे लें। राष्ट्रपति के भारत के पहिला नागरिक कहल जाला।[1][2] हालाँकि, भारत के संविधान द्वारा सरकार के सगरी अधिकार राष्ट्रपति में निहित मानल गइल बा, ई पद बहुत हद तक सेरिमोनियल हवे आ असल कार्यकारी अधिकार सभ के प्रयोग वास्तव में प्रधानमंत्री द्वारा कइल जाला।