From Wikipedia, the free encyclopedia
भारत में साक्षरता सामाजिक-आर्थिक बिकास खाती बहुते महत्व के चीज आ एह दिसा में बिकास के एक ठो महत्वपूर्ण सूचक बाटे,[1] आ भारत के साक्षरता दर बढ़ के (साल 2011 में) 74.00% हो चुकल बा[2] जबकि अंग्रेजी राज से आजादी के समय सन 1947 में ई 12% रहे।[3][4] देखल जाय टेम्पलेट आजादी के बाद से अबतक ले साक्षरता छह गुना बढ़ गइल बा, तबो पर पूरा बिस्व के औसत साक्षरता 84% से ई कम्मे बाटे,[5] आ भारत के बिसाल जनसंख्या में से निरक्षर लोग के संख्या के गिनती कइल जाय त दुनिया में अउरी कवनों देस में अतना निरक्षर लोग ना बा।[6] सरकार के बहुत कोसिस के बावजूद भी भारत में साक्षरता में बढ़ती बहुत तेज नइखे रहल।[7] साल 2011 के जनगणना में ई सोझा आइल कि 2001–2011 दशक में साक्षरता के बढ़ती के दर 9.2% रहल, ई पछिला दशक के तुलना में कम्मे रहल। साल 1990 में एगो अध्ययन में ई प्रागनुमान जाहिर कइल गइल रहे कि अगर वर्तमान (ओह समय) के दर से साक्षरता बढ़े तब साल 2060 में जा के भारत पूर्ण साक्षर हो पाई।[8]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.