गवइया, एक्टर आ राजनीति नेता From Wikipedia, the free encyclopedia
मनोज तिवारी (जन्म 1 फ़रवरी 1971)[1] भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के सुपरस्टार, राजनेता आ संगीत निर्देशक बानीं। तिवारी जी 16वी लोकसभा चुनाव में सांसद चुनल गइल बानीं। [2]
मनोज तिवारी | |
---|---|
16वी लोकसभा के सदस्य | |
कार्यकाल मई 2014 -वर्तमान | |
निजी जानकारी | |
जनम | 1 फ़रवरी 1971 बिहार, भारत |
राजनीतिक पार्टी | भारतीय जनता पार्टी |
जीवनसाथी | रानी तिवारी (m. 1999–2012;तलाक दिहलें) |
संतान | एगो बिटिया |
अकुपेशन | अभिनेता, नेता, गायक, निर्देशक |
फिल्मन में काम कइले से पहिले मनोज तिवारी तकरीबन दस साल भोजपुरी गायक की रूप में काम कई न। फेर सन 2003 में उ फिल्म 'ससुरा बड़ा पैसा वाला'में अभिनय कई न जवन मनोरंजन और आर्थिक दृष्टि से बहुत सफल फिल्म साबित भइल और मानल जाए लागल की भोजपुरी फिल्मन क नया दौर शुरू हो गइल बा। एकरी बाद उ दुगो और फिल्म 'दारोगा बाबू आई लव यू' और 'बंधन टूटे ना' नांव क फिल्मन में भी अभिनय कई न। मनोज तिवारी एगो टेलीविज़न कार्यक्रम 'चक दे बच्चे' में बतौर मेज़बान कार्य कई न। सन 2010 में मनोज तिवारी प्रतिभागी की तौर पर रियलिटी शो 'बीग बॉस' में हिस्सा लिह न।[3] मनोज तिवारी और श्वेता तिवारी 'कब अइबू अंगनवा हमार' और 'ए भौजी के सिस्टर' नामक फिल्मन में साथ-साथ काम क चुकल बालो। सन 2011 की मध्य में मनोज और उनकी पत्नी रानी में अलगाव हो गइल।[4] मनोज तिवारी नया धुन,गाना और अल्बम बनावल जारी रख न। उ अनुराग कश्यप द्वारा निर्देशित फिल्म 'गैंग्स ऑफ वासेपुर' खातिर एगो लोकप्रिय गीत 'जिय हो बिहार के लाला' भी गव न।[5] मनोज तिवारी सन 2011में बाबा रामदेव द्वारा रामलीला मैदान पर शुरू कइल गइल भ्रष्टाचार विरोधी आंदोलन और अन्ना आंदोलन में भी सक्रिय रह न।[6] 2009 में मनोज तिवारी समाजवादी पार्टी की ओर से राजनीति में आपन भविष्य अज़मव न लेकिन असफल रह न। फिलहाल तिवारी बीजेपी की तरफ से राजनीति में सक्रिय बा न और उतर-पूर्वी दिल्ली से संसद सदस्य हंव।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.