![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/2/2d/Monsoon_clouds_near_Nagercoil.jpg/640px-Monsoon_clouds_near_Nagercoil.jpg&w=640&q=50)
मानसून
वायुमंडल में सर्कुलेशन के सीजनल उलट-फेर वाला सिस्टम जेकरा चलते जमीनी आ समुंद्री इलाका के बीच हवा / From Wikipedia, the free encyclopedia
मानसून (अंग्रेजी: monsoon), परंपरागत परिभाषा की हिसाब से, हवा के दिसा में एक सीजन से दूसरा सीजन के बीच हवा के दिसा में उलटफेर आ एकरा चलते बरखा के मात्रा के प्रभावित होखले के सिस्टम हवे।[1] हालाँकि, अब मानसून के अरथ धरती के वायुमंडल में बड़ा पैमाना पर होखे वाला सर्कुलेशन से लिहल जाला जेकर कारण जमीनी आ समुंदरी हिस्सा के अलग-अलग तेजी से गरम होखल, आ आइटीसीजेड के सीजनल घसकाव बाड़ें।[2][3]
![](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/2/2d/Monsoon_clouds_near_Nagercoil.jpg/640px-Monsoon_clouds_near_Nagercoil.jpg)
दुनिया के सभसे प्रमुख मानसून सिस्टम सभ में एशिया-ऑस्ट्रेलिया, पच्छिमी अफिरका, उत्तर अमेरिकी आ दक्खिन अमेरिकी मानसून बाड़ें। भारतीय मानसून जेकरा के दक्खिन-एशियाई मानसून भी कहल जाला, एशिया-ऑस्ट्रेलिया के मानसून क हिस्सा हवे। उत्तर आ दक्खिन अमेरिका में, चाहे यूरोपो में अइसन सिस्टम पावल जालें जहाँ हवा के दिसा सीजन के साथे उलट जाला हालाँकि, ई उलटफेर एकदम से पूरा ना होखे ला आ एही कारन एह सिस्टमन के मानसून माने पर बिबाद बा।[4] कई बेर इनहन के स्यूडोमानसून (pseudo-monsoon) के नाँव दिहल जाला। अइसन सूडोमानसून वाला इलाका उत्तरी अमेरिका[5], ऑस्ट्रेलिया[6], आ अफ्रीका में चिन्हित कइल गइल बाड़ें।[7]
भारत में आमतौर प, बोलचाल की भाषा में, मानसून शब्द के प्रयोग बरखा के सीजन खातिर होला, हालाँकि मानसून के दौरान बीच-बीच में सूखा मौसम के दौर भी आवे लें, काहें से की मानसून के बरखा कई फेज भा चक्र के रूप में आवे ले।