यारलुंग त्सांग पो
From Wikipedia, the free encyclopedia
यारलुंग त्सांग पो नदी चीन देस के तिब्बत क्षेत्र में बहे वाली नदी हवे जे मानसरोवर झील के लग्गे आंग्सी ग्लेशियर से निकले ले आ दक्खिनी तिब्बत में पच्छिम से पूरुब ओर के बहत आगे जा के अपना दहिने मुड़े ले आ हिमालय के पार करे ले जहाँ ई यारलुंग त्सां पो गॉर्ज बनावे ले। ई नदी इहाँ से आगे जा के अरुणाचल प्रदेश में दिहांग भा सियांग कहाले आ आसाम में ब्रह्मपुत्र के नाँव से जानल जाले। कहे के मतलब कि ब्रह्मपुत्र नदी के ऊपरी हिस्सा के यारलुंग त्सांग पो के नाँव से जानल जाला, अलग से ई कौनों दूसर नदी ना हवे।
ई लेख कौनो नदी के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
Quick Facts यारलुंग त्सांग पो नदीYarlung Tsangpoཡར་ཀླུང་གཙང་པོ། 雅鲁藏布江, लोकेशन ...
यारलुंग त्सांग पो नदी Yarlung Tsangpo ཡར་ཀླུང་གཙང་པོ། 雅鲁藏布江 | |
---|---|
लोकेशन | |
देस | चीन, भारत, बांग्लादेस |
भौतिक लच्छन सभ | |
Source | |
- location | आन्ग्सी ग्लेशियर |
लंबाई | 2,840 किमी (1,760 मील) |
थाला के साइज | 912,000 किमी2 (352,000 वर्ग मील) |
Discharge | |
- average | 16,240 m3/s (574,000 cu ft/s) |
थाला लच्छन | |
सहायिका | |
- left | राका त्सां पो, निमु मगु, ल्हासा, न्यांग नदी |
Close