महाद्वीप सब From Wikipedia, the free encyclopedia
यूरेशिया एगो विशाल भूभाग हवे जेवन वास्तव में एगो महाद्वीप हवे लेकिन परंपरागत रूप से एके यूरोप आ एशिया दू गो महाद्वीप मानल जाला। योरोप महाद्वीप वास्तव में यूरेशिया क एगो प्रायद्वीप नियर हिस्सा हवे।
यूरेशिया की उत्तर ओर आर्कटिक महासागर, पच्छिम ओर अटलांटिक महासागर, दक्खिन ओर भूमध्य सागर आ हिन्द महासागर आ पूरुब ओर प्रशांत महासागर बाटे।
यूरेशिया में विशाल आकार की वजह से बहुत भूगोलीय विविधता मिलेला।
यूरेशिया का क्षेत्रफल लगभग 52,990,000 वर्ग किलोमीटर बा जेवन पूरा पृथ्वी क जमीनी हिस्सा क 36.2% हवे। यूरेशिया में पुरा दुनिया क लगभग 65% लोग रहेला (जनसंख्या 4.6 बिलियन)। मनुष्य ए भूभाग पर अबसे करीब 60,000 से 125,000 हजार साल पहिले अफ्रीका से आ के रहे शुरू कइलस।[1][2]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.