करेंसी चीन्हा From Wikipedia, the free encyclopedia
यूरो चीन्हा (€) यूरोजोन के करेंसी यूरो खातिर करेंसी चीन्हा हवे। यूरोजोन के अलावा कुछ अउरीयो देस जइसे कि कोसोवो आ मोंटेनीग्रो एकतरफा रूप से यूरो के ऑफिशियल करेंसी के दर्जा देवे लें। ई चीन्हा यूरोपियन कमीशन द्वारा 12 दिसंबर 1996 के पब्लिक के सोझा रखल गइल आ एह में रोमन अच्छर E (चाहे एप्सिलॉन) ख़ास तरीका के इस्टाइल में बनल बाटे जेह में बीचा के पट कटाव दू गो लाइन के हवे जबकि आमतौर पर ई लिखे में एकही लाइन से काटल जाला।
अंग्रेजी में लिखत समय साधारण तौर पर ई चीन्हा गिनती के ठीक पहिले बिना स्पेस दिहले लिखल जाला (जइसे की €10) जबकि बाकी अउरी यूरोपियन भाषा सभ में ई चीन्हा गिनती के बाद लिखल जाला आ स्पेस भा बिना स्पेस दुनों तरीका से लिखल जा सके ला (जइसे की 10 €, 10€)।
ई अर्थशास्त्र से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.