From Wikipedia, the free encyclopedia
रसड़ा (अंग्रेजी: Rasra) भारत देश की उत्तर प्रदेश राज्य में बलियाँ जिला में एगो शहर बा। ई आपने नाँव की तहसील क मुख्यालय ह। इहाँ नाथ बाबा मंदिर देखे लायक धार्मिक अस्थान बा। इहाँ अनाज क मंडी आ अउरी सामन क बाजार ए इलाका की आर्थिक जीवन खातिर महत्वपूर्ण बा।
रसड़ा क लोकेशन 25° 51' उत्तरी अक्षांश आ 83° 51' पूरबी देशांतर बा आ समुद्र तल से ऊँचाई 54 मीटर बा।[1] जिला मुख्यालय बलियाँ से इहाँ क दूरी 33 किलोमीटर बा आ बनारस से वाया मऊ इहाँ के दूरी 142 किलोमीटर बा।[2] रसड़ा नगर पालिका की अन्दर लगभग 6 वर्ग किलोमीटर क्षेत्र आवेला[3] प्राकृतिक भूगोल कि दृष्टि से ई शहर मध्य गंगा मैदान क हिस्सा हवे आ इहवाँ जलोढ़ निक्षेप के चट्टान मिलेला। आसपास दोमट आ बलुई दोमत माटी पावल जाला आ कहीं कहीं ऊसर मिलेला। ताल ए इलाका कि चारो ओर थोड़ी-थोड़ी दूरी पर पावल जाला। बसनही नदी रसड़ा की लगे से हो के बहेले जेवन आगे जा के गंगा जी में मिल जाले। जलवायु नम प्रकार के बा आ बसंत, गर्मी, बरखाऋतु, आ जाड़ा के चार गो मौसम होला। साल भर में औसत बरखा 100 सेंटीमीटर की आसपास होले।
प्राकृतिक रूप से पावल जाए वाला बन अब समाप्त हो गइल बाड़े। बड़ पेड़न में आम, महुआ, नीबि, बरगद, पीपर, पाकड़, गूलरि, इमिली, आ अर्जुन क पेड़ मिलेलें। नया वृक्षारोपण में ज्यादातर पेड़ सफ़ेदा, बिलायती बबुर, आ शिरिष के लगावल गइल बा।
रसड़ा क जनसंख्या 1971 में 14,042 रहे जवन 1991 में बढ़ के 23,865; आ 2001 में 29,238 आ 2011 में बढ़ के 31,765 हो गइल बा।[4]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.